तोल मोल के बोल

लेवरल पोतल बा उप्पर से
भितरी बड़का झोल, फकीरा,
तोल मोल के बोल, फकीरा।2।

 

लगल घून हौ धरम करम में

नेह के चटलेस दियका।

लुह लागल रिस्ता-नाता के

सब सरम बिलाइल, डहका ।

इंटरनेट पर पीटत बबुआ

परंपरा के ढ़ोल, फकीरा ,

तोल मोल के बोल, फकीरा।2।

 

तूरत फ़ारत झंखत झारत

आगि लगवलें घर घर ।

कवनो बात भइल बा इहवाँ

बोलत बाटे टर टर ।

जेकरा खातिर छोड़ला सभके

उहे खोलता पोल,  फकीरा,

तोल मोल के बोल, फकीरा।2।

 

के के फुकले बा पुवरउटी

इरिखा में जरि जरि के।

इज्जत खाक मिलवले बाटे

इनका उनका धरि के ।

उहे करत फिरत बाटे अजुवो

सभके चरित के मोल, फकीरा,

तोल मोल के बोल, फकीरा।2।

 

  • जयशंकर  प्रसाद द्विवेदी

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *